अजदिया हमरा के भावेले
Автор: बयार
Загружено: 2025-08-27
Просмотров: 487
गीत : गोरख पांडे
कलाकार : समता, मात्सी, रिया, रुनझुन
"गुलमिया अब हम नाहीं बजइबो, अजदिया हमरा के भावेले
झीनी झीनी बीनीं चदरिया लहरेले तोहरे कान्हें
जब हम तन के परदा मांगी आवे सिपहिया बान्हें सिपहिया से अब नाहीं बन्हइबो, चदरिया हमरा के भावेले।
कंकड़ चुनि चुनि महल बनवलीं हम भइलीं परदेसी तोहरे कनुनिया मारल गइलीं कतहूं भइल ना पेसी कनुनिया अइसन हम नाहीं मनबो, महलिया हमरा के भावेले।
दिनवा खदनिवा से सोना निकललीं रतिया लगवलीं अंगूठा
सगरी जिनगिया करजे में डूबलि कइलस हिसबवा झूठा जिनगिया अब हम नाहीं डूबइबो, अछरिया हमरा के भावेले।
हमरे जंगरवा से धरती फुलाले फुलवा से खुसबू भरेले हमके बनूकिया से कइल बेदखली तोहरे मलिकई चलेले धरतिया अब हम नाहीं गंवइबो, बनूकिया हमरा के भावेले"
Доступные форматы для скачивания:
Скачать видео mp4
-
Информация по загрузке: